38th national game in uttarakhand मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी 28 जनौरी 2025 से उत्तराखण्ड में आयोजित होखे वाले अड़तिसवां राष्ट्रीय खेल के कई गो व्यवस्था क समीक्षा कइलें। मुख्यमंत्री सनिच्चर के देहरादून के महाराणा प्रताप स्टेडियम क निरीक्षण कइलें अउर राष्ट्रीय खेल के उदघाटन खातिर कइल जा रहल तइयारियन क जायजा लिहलें। राष्ट्रीय खेलन क उद्घाटन प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी देहरादून में करिहें। 38th national game in uttarakhand
राष्ट्रीय खेल के तइयारियन के समीक्षा के दौरान मुख्यमंत्री अधिकारियन के खेलाड़ियन अउर दरसकन के सुविधा खातिर सज्जो इंतिजाम कइले क निरदेस दिहलें। स्वच्छता पर खास धियान दिहल जाय। राष्ट्रीय खेलिनि के उदघाटन के मौका पर जिला अउर बलाक स्तर पर एल ई डी क व्यवस्था सुनिस्चित कइल जाय, जवने से लोगि सोझै प्रसारण आसानी से देखि सके। उहां के कहलीं कि उत्तराखण्ड के राष्ट्रीय स्तर पर एगो अलगे छबि बनवले क ई सुनहरा मौका हौ
38th national game in uttarakhand मुख्यमंत्री अड़तिसवां राष्ट्रीय खेल के इंतिजाम क समीक्षा कइलें
मुख्यमंत्री कहलें कि उत्तराखण्ड के लग्गे राज्य में खेलि के बढ़ावा दिहले क अच्छा मौका हौ। येहसे खेलि के प्रति नौजवानन क रूचि बढ़ी अउर खेलि के बुनियादी ढांचा के विकास से प्रदेस में कई गो खेलि प्रतियोगिता क आयोजन कइल जाई। प्रदेस सरकार अड़तिसवां राष्ट्रीय खेलिनि में उत्तराखण्ड की ओरि से खेले वाले खेलाड़ियन के दीहल जाये वाली पुरस्कार रासि के बराबर रासियो देई। मुख्यमंत्री कहलें कि प्रदेस में आयोजित होखे वाले राष्ट्रीय खेलिनि के भव्य बनावे बदे जन-सहभागिता सुनिस्चित कइल जाय। राष्ट्रीय खेलिनि के उदघाटन के मौका पर जनभागीदारी से प्रदेस भर में दीपोत्सव आ अउरियो कार्यक्रम आयोजित कइल जाय।
व्यवस्था के सम्बन्ध में दिहल गइल निरदेस
मुख्यमंत्री राष्ट्रीय खेल के देखत प्रदेस के सज्जो खेल स्थलन के आसपास जरूरी इंतिजाम कइले क निरदेस दिहले हवें। उहां के कहलीं कि खेलाड़ियन अउर दरसकन खातिर परिवहन, ठहरले, स्वास्थ्य सुविधा आ अउरियो बुनियादी जरूरति क समुचित इंतिजाम सुनिस्चित कइल जाय। उत्तराखण्ड में हरित खेलिनि के बिसय पर राष्ट्रीय खेलिनि क आयोजन कइल जा रहल हौ। राष्ट्रीय खेलिनि के उदघाटन मौका पर प्रधानमंत्री श्री नरेन्द्र मोदी के अइले के देखत मुख्यमंत्री पुलिस अउर प्रसासन के सज्जो इंतिजाम कइलहू क निरदेस दिहले हवें। उहां के कहलीं कि राष्ट्रीय खेलिनि के उदघाटन के मौका पर लोगिन के गैर जरूरी परेसानी क सामना नाही करे के चाही, पुलिस रूट प्लान क जनकारी लोगिन तक ले पहुंचावे के चाही। पाकिग क समुचित इंतिजाम सुनिस्चित कइल जाय।
एह मौका पर खेल मंत्री रेखा आर्य, मुख्य सचिव राधा रतूड़ी, प्रमुख सचिव आर.के. सुधांशु, डीजीपी दीपम सेठ, बिसेस प्रमुख सचिव खेल अति सिन्हा, सचिव आर. मीनाक्षी सुंदरम, शैलेश बागोली, सचिन कुर्वे, डॉक्टर पंकज कुमार पाण्डेय, विनोद कुमार सुमन, अपर पुलिस महानिदेशक वी. मुरुगेसन, ए.पी. सिंह आ अउरियो लोग मौजूद रहलें। गढ़वाल कै आयुक्त विनय शंकर पाण्डेय, आईजी गढ़वाल राजीव स्वरूप, जिलाधिकारी देहरादून सविन बंसल, उपाध्यक्ष एमडीडीए बंशीधर तिवारी, निदेशक खेल प्रशान्त आर्य अउर एसएसपी देहरादून अजय सिंह मौजूद रहलें।